India Post Gramin Dak Sevak Bharti 2025: बड़का भर्ती, जानऽ पूरा जानकारी

Gramin Dak Sevak Bharti 2025

India Post Office GDS Bharti 2025: बड़का भर्ती, जानऽ पूरा जानकारी

Good News:- भारत सरकार के डाक विभागे ग्रामीण डाक सेवक (Gramin Dak Sevak Bharti 2025) भर्ती 2025 के खातिर नोटिफिकेशन जारी कइले बा। एह भर्ती के तहत पूरा देश से योग्य उम्मीदवारन से आवेदन मांगल गइल बा। जेकरा भी अप्लाई करे के बा, ऊ 10 फरवरी 2025 से 3 मार्च 2025 ले आधिकारिक वेबसाइट indiapostgdsonline.gov.in पर जाके आवेदन कर सकेला।

GDS Bharti 2025: खास जानकारी

> विभाग: भारतीय डाक विभाग

> पद नाम: ग्रामीण डाक सेवक (GDS), ब्रांच पोस्ट मास्टर (BPM), असिस्टेंट ब्रांच पोस्ट मास्टर (ABPM)

> कुल पद: 21,413

> आवेदन के शुरुआत: 10 फरवरी 2025

> आवेदन के अंतिम तारीख: 3 मार्च 2025

> आधिकारिक वेबसाइट: indiapostgdsonline.gov.in

रिक्त पद के बंटवारा

ई भर्ती उत्तर प्रदेश, बिहार, राजस्थान, मध्य प्रदेश, दिल्ली, उत्तराखंड, हरियाणा, झारखंड, छत्तीसगढ़ समेत कई गो राज्यों में होई।

योग्यता

> उम्मीदवार कवनो मान्यता प्राप्त बोर्ड से 10वीं पास होखे के चाहीं।

> जे राज्य से आवेदन कर रहल बानी, ओह राज्य के स्थानीय भाषा में निपुणता जरूरी बा।

उमिर सीमा

> न्यूनतम उमिर: 18 साल

> अधिकतम उमिर: 40 साल (आरक्षित वर्ग के उम्मीदवार लोग के छूट मिली)

> उमिर के गणना 3 मार्च 2025 के आधार पर होई।

पगार (Salary)

पदनामवेतनमान
ब्रांच पोस्ट मास्टर (BPM)₹12,000 – ₹29,380
असिस्टेंट ब्रांच पोस्ट मास्टर (ABPM)/डाक सेवक₹10,000 – ₹24,470

चयन प्रक्रिया

> कोनो लिखित परीक्षा नइखे।

> चयन 10वीं के अंको के आधार पर मेरिट लिस्ट से होई।

आवेदन शुल्क

> सामान्य/OBC वर्ग: ₹100/-

> SC/ST/महिला/पीडब्ल्यूडी: कोनो फीस नइखे।

आवेदन करे के तरीका (Step-by-Step Guide)

1- आधिकारिक वेबसाइट indiapostgdsonline.gov.in पर जाईं।

2- स्टेज-1: रजिस्ट्रेशन करीं आ जरूरी जानकारी भरल जाव।

3- फोटो और हस्ताक्षर अपलोड करीं (फोटो: 50KB, हस्ताक्षर: 20KB)।

4- रजिस्ट्रेशन नंबर जनरेट भइला के बाद आवेदन पत्र भरल जाव।

5- जरूरत होखला पर शुल्क भरल जाव।

6- फॉर्म के फाइनल सबमिशन करीं आ प्रिंट आउट निकाल लीं।

जरूरी बातें

> स्टेट-वाइज वैकेंसी देखके ही आवेदन करीं।

> गलत जानकारी भरे से फॉर्म रिजेक्ट हो सकेला।

> कैटेगरी के सही चयन करीं, नहीं त दस्तावेज़ वेरिफिकेशन में दिक्कत होई।

> ज्यादा जानकारी खातिर आधिकारिक नोटिफिकेशन पढ़ीं।

📢 बिना परीक्षा सरकारी नौकरी के जबरदस्त मौका! जल्दी करीं, आवेदन के अंतिम तारीख 3 मार्च 2025 बा।

Follow Us On FacebookClick here
Join Our Free Telegram ChannelClick here
For More Updates Click hereClick here
Join Free Whatsapp GroupClick here